बाड़ी शेर पर सवार

हाथ में त्रिशूल गरवा सोनवा के हार,
रुपवा मनवा मोहत बा,
त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा ||

एक हाथे चक्र दूजे सोहे तलवरिया,
भगतन के गुंजत बाटे भारी जैकरिया,
सोना के मुकुटवा सोहे माई के कपार,
रुपवा मनवा मोहत बा ||

त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा ||

गदा सोहे फूल सोहे तिरिया धनुषीया,
लाल रंग साड़ी मोहे चाँद सी सुरतिया,
एक हाथे ओम धरे, श्रृष्टि के सिंगार,
रुपवा मनवा मोहत बा ||
रुपवा मनवा मोहत बा ||

त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा ||

नारियल चढ़इबे माई धुप अगरबत्तियां,
फल फूल ढेर लागल माई के बरतिया,
मनवा में दुलके मोहे – 2, माई के सिंगार

रुपवा मनवा मोहत बा ||

त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा ||

धाम विंध्याचल जैसे ओढले चुनरिया,
चमके सितारा चम चम हटे ना नजरिया,
मन करे आई रोजे -2, गाई बार बार,
रुपवा मनवा मोहत बा ||

त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा ||

हाथ में त्रिशूल गरवा सोनवा के हार,
रुपवा मनवा मोहत बा,
त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा ||

Author: Unknown Claim credit

Comments

संबंधित लेख

आगामी उपवास और त्यौहार

गुरु पूर्णिमा

बुधवार, 29 जुलाई 2026

गुरु पूर्णिमा
आषाढ़ पूर्णिमा

बुधवार, 29 जुलाई 2026

आषाढ़ पूर्णिमा
कामिका एकादशी

रविवार, 09 अगस्त 2026

कामिका एकादशी
पुत्रदा एकादशी

रविवार, 23 अगस्त 2026

पुत्रदा एकादशी
ओणम / थिरुवोणम

बुधवार, 26 अगस्त 2026

ओणम / थिरुवोणम
रक्षा बन्धन

शुक्रवार, 28 अगस्त 2026

रक्षा बन्धन

संग्रह